मुख्य पन्ना

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

Facebook icon.svg फेसबुकTwitter.svg ट्विट्टर

विकिपीडिया पर स्वागत बा
एगो खुला ज्ञानकोश जहाँ केहू भी संपादन क सकत बा

16:23 यूटीसी, शुक
24 जून 2022
7,991 लेख भोजपुरी में बाने

विकिपीडिया के बारे में
विकिपीडिया

आप एह समय विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण पर बानी। ई इंटरनेट आधारित एक ठो फ्री ज्ञानकोश हऽ। 15 जनवरी, 2001 के विकिपीडिया का सुरुआत जिम्मी वेल्स आ लैरी सैंगर द्वारा मिल के कइल गइल। अब एकर मलिकाई एक ठो गैर-लाभकारी संस्था 'विकिमीडिया फाउंडेशन' करत बा। विकिपीडिया पर वालंटियर लोग संपादन क के जानकारी बढ़ावे में योगदान करे ला। मई 2017 में कुल 285 भाषा में विकिपीडिया के प्रोजेक्ट चालू रहल; एकरे अंगरेजी संस्करण में 54 लाख+ लेख रहलें आ भोजपुरी संस्करण में 9,000+ लेख रहलें। जे केहू के भी इंटरनेट ले पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा।

आपो इहाँ मदद क सकत बानी!

  • लेख पढ़ीं: लेख पढ़ीं, दुसरा लोग के भी पढ़वाईं, ई केहू के भोजपुरी सीखे में भी मददगार हो सके लें।
  • लिखीं: बढ़ियाँ ज्ञानकोश के बिसेसता हवे सहज आ भरपूर जानकारी वाला लेख। सहज तरीका से बुझा जाए वाली भाषा में इहाँ जानकारी बढ़ावे खातिर लिखीं
बढ़ियाँ लेख
इलाहाबाद

इलाहाबाद, पुरान नाँव प्रयाग, भारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर आ इलाहाबाद जिला क मुख्यालय हऽ। ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ हवे। हर बरिस इहाँ जाड़ा में माघ मेला, आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला में कुछ दिन खातिर ई सहर बिस्व के सबसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बन जाला।

इतिहास देखल जाय त भारत के आजादी के लड़ाई में एह शहर में बहुत महत्व वाला योगदान रहल बा। ई नेहरू-गाँधी परिवार के घर हवे आ अउरी कई ठे राष्ट्रीय नेता इहाँ से जुड़ल रहल बाने। गंगा-जमुनी तहजीब के प्रतिनिधि ई शहर साहित्य के क्षेत्र में कई परसिद्ध लोग के करमभूईं रहल बा, जइसे कि 'निराला', महादेवी वर्मा, 'फ़िराक़' साहब, आ हरिवंशराय बच्चन।

भारत के सभसे पुरान इन्वरसिटी सभ में से एक, इलाहाबाद विश्वविद्यालय, जेकरा के कबो 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाय, शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। एकरी आलावा इलाहाबाद हाइकोर्ट, ए॰जी॰ आफिस आ मलेटरी पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ जाला।

समाचार में
सफ़ेद कपड़ा आ सफ़ेद दाढ़ी में एगो ब्यक्ति सोझा देखत
का आपके मालुम बा?
गौतम अडानी
  • ...कि गौतम अडानी (फोटो में देखावल) भारत आ एशिया के सभसे धनी ब्यक्ति बाड़ें।
  • ...कि सदाबहार फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति हवे जेह में आठ गो प्रजाति होलीं आ इनहन में से सात गो मैडागास्कर के मूल प्रजाति हईं जबकि एक ठो भारत-श्रीलंका के प्रजाति हवे।
  • ...कि रसगुल्ला एगो भारतीय मिठाई ह जेकरे उत्पत्ती के अस्थान पर पच्छिम बंगालउड़ीसा राज्यन के बीच में बिबाद बा आ बंगाली रसगुल्ला के जीआइ टैग मिलल बा?
  • ...कि दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल चीन के सुझोऊ प्रांत में बाटे आ 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर ई पुल दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।
  • ...कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।

टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 24/2022


विकिपीडिया के होस्ट एगो गैर-लाभकारी संस्था विकिमीडिया फाउंडेशन हवे, ई अइसने अउरी कई गो प्रोजेक्ट भी होस्ट करे ले:

विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
एगो डिक्शनरी किसिम-किसिम के मूल डाकुमेंट महान लोग के कहनाम पाठमाला आ बेसिक किताब पर्यटन आ जतरा गाइड समाचार आ हाल के घटना ढेर खा पढ़ाई के संसाधन जिया-जंतु के प्रजाति जानकारी जहाँ फ्री मीडिया रखल जाला एक ठो बिसाल डेटाबेस विकिमीडिया प्रोजेक्टन  के कोऑर्डिनेशन