विकिपीडिया:आधार

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
Wiki letter w.svg

कौनों आधार पन्ना एगो अइसन पन्ना या लेख बा जेवन विकिपीडिया पर अभिन ले अपनी शुरूआती स्थिति में बा आ एम्में बिस्तार कइला क जरूरत बाटे। मने कि, अइसन लेख जवन अबहीं ले कौनों ज्ञानकोशीय स्रोत ना बन पवले बा। एकरा में कम से कम एतना बिस्तार के जरूरत बाटे की ई बिसय के बारे में एक ठो शुरूआती जानकारी देवे लायक बन जाय।

आधार लेख में आमतौर पर चार-पाँच वाक्य होला। हालाँकि, भोजपुरी विकिपीडिया पर बहुत आधार लेख अइसन भी बाड़ें जिन्हन में खाली एकही वाक्य लिखल बा। एही से इन्हन में बिस्तार करि के सुरुआती लेख बनावे खातिर इन्हन में कम से कम दस वाक्य या दू से तीन गो पैराग्राफ जरूर जोड़ल जाय। ई पैमाना भी कौनों आम नियम नइखे, बस ई धियान रहे के लेख में बिसय के बारे में सुरुआती जानकारी पूरा हो जाये के चाहीं।

आमतौर पर संदर्भ न होखे या पाँच से कम संदर्भ होखे तबो लेख के आधार के रूप में टैग क दिहल जाला। अइसना में बिस्तार के साथ इहो जरूरी बाटे कि लेख में पर्याप्त संदर्भ दिहल जाय। सगरी सुरुआती जानकारी के स्रोत के संदर्भ दे के सत्यापन लायक बनावल जाय।

संबंधित अन्य कई चीज लेख में जरूरी होला, जइसे कि फोटो, इंफोबॉक्स, नैविगेशन टेम्पलेट, बाहरी कड़ी इत्यादि। आधार लेख के सुरुआती लेख बनावे खातिर इन्हन के होखल भी जरूरी बाटे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

  • आधार लेखवन के बर्गीकरण - इहाँ सगरी टैग वाली टेम्पलेट के लिस्ट दिहल बाटे जवन आधार लेख के बर्गीकरण करे खातिर इस्तेमाल होलीं।
  • आधार श्रेणी - में सगरी अइसन श्रेणी बाड़ी जहाँ आधार लेख राखल बाड़ें। इन्हन में से अपनी पसंद के बिसय अनुसार आधार लेख बीछ के बिस्तार कइल जा सकत बाटे।