बैस्विक शहर

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
GaWC द्वारा रैंक दिहल वल्ड सिटीज (world cities) के नक्सा (2010 के आँकड़ा पर)

बैस्विक शहर (अंगरेजी: Global city), जवना के वर्ल्ड सिटी, अल्फा सिटी भा वल्ड सेंटर भी कहल जाला, एगो अइसन शहर होला जे दुनिया के बैस्विक आर्थिक सिस्टम में महत्व वाला केंद्र होखे। मुख्य रूप से ई कांसेप्ट भूगोल आ शहरी भूगोल से आइल बाटे आ उहाँ ई बिचार दिहल गइल बाटे की दुनिया के बर्तमान बैस्विक रूप के एगो अइसन सिस्टम के रूप में बूझल जा सकत बाटे जहाँ कुछ भूगोलीय केंद्र सभ के इर्द-गिर्द बिकसित आर्थिक-ब्यापारिक ब्यवस्था के पदवी-क्रम (हेरार्की) पावल जाले।